नवरात्रो के पावन पर्व पर समाजसेवी रामा नन्द तिवारी के कलमों से कोरोना वायरस के बारे में कुछ लिखा गया
माई मचल बा खूब हा हा कार हो ।
बाटे देशवा के बूरा समाचार हो
तू ही बचावा ये माई ।
तू ही बचावा ये माई ।
फूलल फलल अपने देसवा के
माई आइल बा चीन वाले देसवा से।
लोग मरत बा ।
कोरोना वायरसवा से
दिन पर दिन सुना ये माई देशवा में फैलल जात बा ।
योगी और मोदी सब लोगवा के खाना नहीं सही से घोटात बा ।
इ कौन समय आइल बा ।
ये माई मंदिरवा और नेतवा से नही सटे के बा।
माई मचल बा खूब हा हा कार हो।
बाटे देसवा के बूरा समाचार हो।
काउनो भेस मे आजा ये माई ।
देसवा के कलजुग मे बचाला ये माई।
आपन सतयुग वाला शक्ति देखावा ये माई।
काउनो भेसवा मे आजा ये माई।देसवा के कलजुग मे बचाला ये माई ।
जोडलें रहियो ये माई तिवारी के अपने सथवा से ।
तिवारी जी के उपर छाया रखियो अपने हथवा से ।